
होली में का बा?
रंग और गुलाल बा।
भांग-धतुरा घोटे पंडित,
चंग और धमाल बा।
होली में का बा?
देवर-भाभी होली खेलत,
गालों पे रगड़त गुलाल बा,
मर्दवा नाचे औरत बन,
औरत बांधे रुमाल बा,
होली में का बा?
भीग गइल अंग-अंग,
दोनों नशई में टूल बा,
एक-दूजे के गले पड़त,
गावे भोजपुरी धमाल बा,
होली में का बा?
गले लगावत बैर भूलावत,
करे ठिठोली हंसावत बा,
रीझे रिझावे लड़की लड़कबा,
होरी गावत भाई भावज बा,
होली में का बा?
होली में गावत मोदी अमितबा,
सोनिया सुनावे अछी कबितबा,
होली में होगयिल बड़े झोलबा,
हिडनबर्ग आगयिल रिपोर्टबा,
होली में का बा?
डूबत एलआईसी और बैंक बा,
अडानी की घट गयिल रैंक बा,
ईडी और सीबीआई रेड बा,
सारे नेता हो गयिल फेड बा,
होली में का बा?
फैशन में फटगयिल पैंट बा,
किसानन के उखड़गई टैंट बा,
आटा भई पचास पेट्रोल सो बा,
महंगाई से लोगन करत तोबा,
होली में का बा?
बेगार बढ़त रोजगार घटतबा,
लड़कन की फौज बढ़त बा,
ड्रेस बदलते नरेंद्र मोदी बा,
भगवा रंग बुलडोजर योगी बा,
होली में का बा?
मोदीजी वाचाल मौनि नवीन बा
एक कुर्ते पजामा बीस साल बा
नीतीश भईल पलटू राम बा,
लालू करत रहि आराम बा,
होली में का बा?
दिल्ली में रही मफलरबाज बा,
केजरीवाल के सर ताज बा,
मोदी अमित के अखंडराज बा,
उनके सर ही सजत ताज बा,
होली में का बा?
कवि-किशन खंडेलवाल, भुवनेश्वर, ओडिशा
Indo Asian Times A Hindi Digital News Portal
